Ballia News

Bagi Ballia Ki Awaz

Latest Activity

prakash kumar gupta is now a member of Ballia News
on Thursday
pradeep chaurasia added a photo
December 20
pradeep chaurasia updated their profile photo
December 20
pradeep chaurasia is now a member of Ballia News
December 20
monu and Rupesh Tiwari joined Ballia News
December 18
sankalp pandey is now a member of Ballia News
December 9
December 2
vishwajeetsingh updated their profile photo
December 1
akhilesh kumar pathak added a photo
akhilesh pathak
November 13
akhilesh kumar pathak is now a member of Ballia News
November 13
sudhir kumar singh added an event
November 8, 2009 from 10am to 5pm
माँ सुरसरी देवी स्मृति दंगल प्रतियोगिता ८ नवम्बर रविवार का दिन सबेरे दस बजे से कथरिया खेल मैदान में सोहांव ब्लाक में गठित किसान क्लबों द्वारा संयुक्त रुप से दंगल प्रतियोगिता का आयोजन कया गया है. सभी बलिया वासियों से सादर निवेदन है कि उक्त प्रतियोग…
November 7
November 3
sumit kumar ojha and Ratan Soni joined Ballia News
November 3
arun kumar ojha is now a member of Ballia News
October 28
rakesh kumar pandey is now a member of Ballia News
October 23
October 4

Members

  • prakash kumar gupta
  • pradeep chaurasia
  • dharmendra singh
  • vishwajeetsingh
  • Rupesh Tiwari
  • monu
  • sankalp pandey
  • MANISH KUMAR SINGHANIA
  • rakesh kumar pandey
  • TARKESHWAR NATH SINGH
  • Amit singh
  • rukhi
  • Ratan Soni
  • Kunnu Singh
  • arun kumar ojha
  • Rakesh Kumar

RSS

देश दुनिया के टटका खबर भोजपुरी में

अतवार, २७ दिसम्बर २००९

शिबू सोरेन झारखण्ड में सरकार बनावे के दावा पेश कइलन

झारखण्ड में सरकार बनावे के दावा पेश करत शिबू सोरेन ४४ गो विधायकन के समर्थन पत्र पेश कइलन. एहमें भाजपा आ झामुमो के अठारह अठारह गो, आजसु के पाँच गो, जदयू के दु गो, आ एगो निर्दलीय विधायक के पत्र शामिल रहे. अब देखे के बा कि राज्यपाल का करत बाड़न. करीहें त उहे जवन उनकर हाईकमान उनका के सलाह दी. ओने हो सकेला कि सीबीआई फेर से शशिनाथ हत्याकाण्ड के मामिला खोल देव जवना से सिबू सोरन के हाई कोर्ट बरी कर दिहले बा बाकिर शशिनाथ के महतारी का तरफ से सुप्रीम कोर्ट में ओह फैसला का खिलाफ याचिका विचाराधीन बा.

संघ के मुलायम चेहरा देख के डेरा गइल राजद

लालू प्रसाद के राजद के संघ के उदार चेहरा पसन्द ना आइल जवना में संघ प्रमुख सबका के साथे ले चले के बात कहले रहलन. कहले रहलन कि संघ के केहू भलही विरोधी होखे संघ केहू के विरोधी ना हऽ आ हर हिन्दुस्तानी के संघ में स्वागत बा चाहे ओकर कवनो मजहब होखो. संघ देश के बात करे ला. संघ प्रमुख का बैठक में गणवेश में हाजिरी लगा के भाजपा नेता देखा दिहलन कि संघ के पकड़ भाजपा पर कतना मजबूत बा. एह सब का जवाब में राजद नेता कहले बाड़न कि बिहार में संघ के जर जमावे ना दिहल जाई. ओह लोग के आरोप बा कि राजद का शासन काल में बनल साम्प्रदायिक सौहार्द के तूड़े के कोशिश हो रहल बा आ एही खातिर हर जाति के नेता लोग का साथे संघ प्रमुख के बईठका करावल गइल बा.

मतदाता के नकारात्मक मतदान के अधिकार मिलो

गुजरात के प्रखर राष्ट्रवादी मुख्यमंत्री नरेन्द्र मोदी के कहनाम बा कि मतदाता के अधिकार मिले के चाहीं कि ऊ सगरी उम्मीदवार के नकारत आपन वोट डाल सको. एकरा खातिर बस एगो अलगा बटन देबे के पड़ी जवना के दबा के मतदाता बता सकस कि ऊ कवनो उम्मीदवार के पसन्द नइखन करत, एहसे राजनीतिक दलन पर दबाव पड़ी कि ऊ बढ़िया उम्मीदवार देस आ मतदातो अधिका संख्या में मतदान करे लगीहें. गुजरात के स्थानीय निकाय चुनाव में मतदान अनिवार्य बना दिहल गइल बा जवना के कुछ लोग आलोचना कर रहल बा.

नारायण दत्त तिवारी मजबूरी में इस्तीफा दिहलन

बड़का कांग्रेसी नेता रह चुकल आ अब आंध्र प्रदेश का राज्यपाल रहल राजभवन में तीन गो औरतन का साथ आपत्तिजनक अवस्था में पकड़ाये का आरोप का बीच नारायण दत्त तिवारी इस्तीफा दे दिहलन. अब झारखण्ड के राज्यपाल आंध्रो प्रदेश के राज्यपाल के काम देखीहन. आंध्र के एगो टीवी चैनल एगो वीडियो फुटेज देखवलस जवना के ऊ नारायण दत्त तिवारी के तीन गो औरतन का साथे रंगरेली मनावत घरी स्टिंग आपरेशन बतवलस. एकरा बाद तिवारी का लगे कवनो राह ना बाचल रहे. गनीमत अतने बा कि मुस्कात फोटो नइखन खींचवले आ अपना खराब तबियत का नाम पर इस्तीफा दे दिहलन.

आज कत्ल के रात हऽ

मुहर्रम काल्हु मनावल जाई आ आजु के रात कत्ल का रात का रुप में मनावल जाला. एही रात के खुदा के पैगम्बर हजरत मुहम्मद साहब के नवासा इमाम हुसैन के उनका बहत्तर साथियन का साथे कत्ल कर दिहल गइल रहे. ओहि गम में मुहर्रम के मातम मनावल जाला. हर जगहा प्रशासन सतर्क बा कि कवनो घटना मत घटे. बलियो में करबला का मैदान का लगे फायर ब्रिगेड, एम्बुलेन्स, पुलिस वगैरह के पुख्ता इन्तजाम कइल गइल बा. एह मौका पर बिजलीकटौती ना करे के निर्दश दिहल बा एह चलते आज अबही बिजली नइखे. साँझ से मिले वाला बिजली के दिन क बिजली काट के मेकअप कइल जा रहल बा.

विधानपरिषद के चुनाव में प्रतिनिधि तरसत बाड़े उम्मीदवार के मुँह देखे खातिर

विधान परिषद का चुनाव में बलिया में सपा आ बसपा का बीचे काँटा के टक्कर बा. एह चुनाव में ग्राम प्रधान आ क्षेत्र पंचायत सदस्य मतदान करीहें. मतदाता लोग मुँह बवले इन्तजार कर रहल बा कि उम्मीदवार से सोझे भेंट हो जाव त कुछ बात बने बाकिर उम्मीदवारो लोग गुरु बा. अबहीं ओह लोग के समर्थके लोग बाजार देखत बा. सुने में आ रहल बा कि पैंतीस हजार से पचास हजार का बीच भाव चल रहल बा.

अइसनका शराब के तलाश चल रहल बा जवना से नशा ना होखे

इंगलैण्ड के वैज्ञानिक अइसनका शराब बनावे में जुटल बाड़े जवना से नशा ना होखे, आदमी मदहोश होके होश ना गँवावे, आ भोरे उठे त हैंग ओवर ना रहे. पता ना वइसनका शराब बनाइयो ली लोग त के पीही? जमाना के गम गलत ना हो पाई त पइसा गँववला के का जरुरत? नशा का उछाह में छन भर जियही खातिर त लोग शराब पियेला, फेर भलही पूरा जिनगी घर परिवार तबाह काहे ना हो जाव!

केन्द्र सरकार के सोमारे तक के समय मिलल बा

तेलंगाना राज्य समिति केन्द्र सरकार के सोमार तक के समय दिहले बा जवना से पहिले तेलंगाना राज्य बनावे के समय सीमा के एलान हो जाये के चाहीं. अगर अइसन ना भइल त मंगल से अनिश्चितकालीन हड़ताल शुरु हो जाई. बहुत पहिले पढ़ले रहनी कि जब रोम जरत रहुवे नीरो बांसुरी बजावे में लागल रहले. अब एहू समय में देख लिहल गइल कि जब आंध्र जरत रहुवे त ओहिजा के राज्यपाल कवना कर्म भा कुकर्म में लागल रहुवन.

अगिला साल भारत के अर्थ व्यवस्था खातिर बढ़िया रही

अर्न्स्ट एड यंग फिनांशियल सर्विसेज के आकलन बा कि अगिला साल भारत के विकास दर नौ फीसदी का लगे रही, मानसून सामान्य रही, औद्योगिक उत्पादन बेसी होखी, निर्यात में बढ़ोतरी होखी वगैरह वगैरह. कहे के मतलब कि नगदी बिटोर के राखीं शेयर बाजार जम के चमकी.
 

Photos

Loading…

Events

Groups

Blog Posts

OP SINGH

टटका खबर

टटका खबर



  • स्पेन गइल भारतीयन पर मुसीबत

  • एंटी डोपिंग मामिला में क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड अलगा थलगा पड़ल

  • सास पतोह के तूतू मैंमैं दहेज प्रताड़ना ना हऽ

  • बूटा जान दे दीहें इस्तीफा ना दीहें

  • वीरभद्र सिंह पर भ्रष्टाचार के मुकदमा

  • सबके मिली शिक्षा आ उहो मुफ्त

  • बिहार में बाढ़ का हालात में सुधार

  • सरकारी बैँक के कर्मचारी हड़ताल

Continue

Posted by OP SINGH on August 5, 2009 at 10:37am

 
 

Badge

Loading…
 

© 2009   Created by OP SINGH on Ning.   Create a Ning Network!

Badges  |  Report an Issue  |  Privacy  |  Terms of Service